Bhajan भजन

जनम लिहलै हो कन्हाई

Krishna श्री कृष्ण
Lyrics बोल

बाजे गोकुल में बधाई जनम लिहलै हो कन्हाई।

सुर नर नारी सुमंगल गावे,
आरती करें हरषाई जनम लिहलै हो कन्हाई,
बाजे गोकुल में बधाई जनम लिहलै हो कन्हाई।

देव गगन से सुमन बरसावे,
आए सकल मुनिराई जनम लिहलै हो कन्हाई,
बाजे गोकुल में बधाई जनम लिहलै हो कन्हाई।

नंद बाबा जी खजाना लुटावे,
घर घर बाजे शहनाई जनम लिहलै हो कन्हाई,
बाजे गोकुल में बधाई जनम लिहलै हो कन्हाई।

गोप ग्वाल सब नाचत गावत,
दान विविध विधि पाई जनम लिहलै हो कन्हाई,
बाजे गोकुल में बधाई जनम लिहलै हो कन्हाई।

Shweta Pandey

Watch & Listen सुनें और देखें