Bhajan भजन

अइसन मनोहर मंगल मूरत

Ram श्री राम
Lyrics बोल

अइसन मनोहर मंगल मूरत सुहावन सुंदर सूरत हो
ये राजाजी ये करे ता रहलबा जरूरत मुहूरत खूबसूरत हो

हमारा जनात बबुआ जी एम होईहैं ना ना ललना डी एम होईहैं हो
ये ललना 3 हिंद के सितारा इ ता सी एम होईहैं ओसे उपरा पीएम होईहैं हो
होईहैं वाईस चांसलर यूनिवर्सिटी के मेयर लंदन सिटी के नु हो
ये ललना3 होम सेकेट्री गौरमेंट्री के ता हीरा अपना मिट्टी के नु हो

बबुआ हमार महाराज होईहैं राजाधिराज होईहैं हो
ये ललना धातु में हीरा पुखराज होईहैं सिरवा के ताज होईहैं हो
मुनिबाबा अइसन ज्ञानी होईहैं राजाजी अइसन दानी होईहैं हो
ये ललना अखिल भूमंडल राजधानी होईहैं ता प्रेयस खानदानी होईहैं हो